हेलीकॉप्टर से अइलन आ गर्दा उड़ा के चल गइलन पीएम मोदी, रउओ लगिन पढ़ीं भोजपुरी में जमुई रैली के भाषण
Advertisement
trendingNow0/india/bihar-jharkhand/bihar2188748

हेलीकॉप्टर से अइलन आ गर्दा उड़ा के चल गइलन पीएम मोदी, रउओ लगिन पढ़ीं भोजपुरी में जमुई रैली के भाषण

PM Modi Jamui Rally: मोदी इ बात कहलन कि 24 के चुनाव बिहार के सपना के पूरा करे खातिर और विकसित भारत के संकल्प के मजबूत करे खातिर बहुत जरूरी बाटे. उ इहो बात कहलन कि बिहार पूरा देश के दिशा देखावत रहल बाटे. 

जमुई रैली में पीएम मोदी

PM Modi Jamui Rally Speech In Bhojpuri: पीएम मोदी आजु बिहार के जमुई में रैली करे आइल रहलन. रैली के शुरुआत उ बाबा धनेश्वर के पवित्र भूमि के नमन करिके कइलन. उ इहो बात कहलन कि भगवान महावीर के ज्ञान भूमि पर अपने सबके अभिनदंन करहिये. रैली में भीड़ देखके मोदी बड़ा खुश रहलन. अंदर से खुश होके कहलन— ई चुनाव सभा हअ कि विजय सभा. रउआलगिन त कमाल कर देहलीं आज. उ इहो बात कहलन कि जमुई के ई सुंदर जमीन पर आइल भीड़ बतावता कि रउआलगिन के मन में का बाटे. उ कहलन कि बिहार के सारा 40 सीट एनडीए के देवे खातिर बहुत आभार. जमुई के रैली में पीएम मोदी जंगलराज के जिक्र भी कइलन और कहलन कि उ सब के राज में लड़की सब के दिनदहाड़े सड़क से उठा लेहल जात रहे. मोदी से पहिले इ बात के जिक्र मुख्यमंत्री नीतीश कुमार भी कइलन अपना संबोधन में. 

  1. पीएम मोदी के एगो बात पर बहुत ताली बाजल, जेमे उ कहलन कि जवन देश में आटा के तंगी बाटे, उस देश के आतंकी सब आकर हमनी के देश में हमला कइके चल जात रहे और हमनी के तब के सरकार कछु ना कर पावत रहे. रैली में पीएम मोदी कहलन कि ई पहिलका चुनाव बाटे कि रामविलास पासवान जी हमनी के बीच में नइखीं. लेकिन इहो बात कहलन कि हमरा संतोष बाटे कि रामविलास जी के विचार के आगे बढ़ावे के काम उनके सुपुत्र चिराग पासवान जी बखूबी करतारन. पीएम मोदी कहलन, अब समय आ गइल बाटे कि बिहार और ज्यादा स्पीड से विकास करे. एहि खातिर 2024 के चुनाव बहुत महत्वपूर्ण बाटे. 
  2. मोदी इ बात कहलन कि 24 के चुनाव बिहार के सपना के पूरा करे खातिर और विकसित भारत के संकल्प के मजबूत करे खातिर बहुत जरूरी बाटे. उ इहो बात कहलन कि बिहार पूरा देश के दिशा देखावत रहल बाटे. आजादी के लड़ाई होखे चाहे आजादी के बाद देश के नींव रखे में बिहार के बड़ी भूमिका रहल बाटे. लेकिन दुर्भाग्य अइसन भइल कि बिहार के सामथ्र्य के साथे न्याय ना हो पावल. 
  3. आज एनडीए और भाजपा बिहार के दलदल से बाहर निकालके ​ले आइल बाटे. दुनिया के लोग देखताटे कि 10 साल में भारत के हैसियत केतना बढ़ गइल बाटे. जमीन के बदले नौकरी घोटाला के लेके पीएम मोदी कहलन कि रेलवे में भर्ती खातिर गरीब लइकासन से वोकनी के जमीन लिखवा लेहल गइल. बिहार के लइका सब उ पार्टी के कबो माफ नइखे कर सकत. 
  4. मोदी इहो बात कहलन कि घमंडिया गठबंधन के जब सरकार रहे, तब देश में खस्ताहाल ट्रेन चलत रहे. अब देश में वंदे भारत जइसन ट्रेन चलताटे. उ कहलन कि जमुई से एक्सप्रेस वे निकले वाला बाटे और मेडिकल कॉलेज त खुलिए गइल बाटे. मोदी बतवलन कि जमुई के एक तरफ देवघर से हवाई जहाज के सेवा शुरू हो गइल बाटे त दूसरी तरफ गया एयरपोर्ट के भी विस्तार पर काम चलताटे. मोदी कहलन कि देश के सब भ्रष्ट सब अब मोदी के खिलाफ में चल गइल बा. मोदी कहतारन भ्रष्टाचार हटाओ, उ लोग कहता भ्रष्टाचारी बचाओ.

ये भी पढ़ें- 2019 जइसन 2024 में मुकेश साहनी महागठबंधन के हिस्सा हो सकतारन

ये भी पढ़ें- निहोरा पर निहोरा करतारअन पप्पू यादव, उनका पते नइखे कि लालू प्रसाद उनकर काम लगा देहलन

Trending news